भोजपुरिया त्योहार

पीडिया त्योहार

Originally published in hi
Reactions 0
324
Ruchika Rai
Ruchika Rai 18 Oct, 2021 | 0 mins read

भोजपुरिया माटी के भोजपुरिया त्योहार,

रीति रिवाज में माटी के खुशबू अउर प्यार।


बहिन भाई के परेम में डूबल बा घर बार,

बहिनी दिल से गोहरावे भाई के सुखी रहे संसार,

पीडिया में बहिन रखेले सगरो दिन उपवास,

देवी देवता के करेले पूजा अमर रहे प्यार।


पहिले पहिले गोधन बाबा के होला पूजा,

बनावेली गोबर से गोधन बाबा के मूर्ति,

गोधन देवता के कुटी के करिले शुभ साइत शुरुआत,

वोही गोबर से पीडिया लगा के गावेले मंगलाचार।


पीडिया के दिन बहिनी रखेली निर्जला उपवास,

नयका मीठा नयका चाउर के बनेले रसियाव,

उहे खाके संझा बेरा सवेरे जाले नदी के तीर,

पीडिया दहवा के शुभ मनाइले रहे शुभविचार।


भोजपुरिया माटी के रीति रिवाज बड़ा नीक बा,

बड़ा नीक लागेला एहिजा के सगरो त्योहार।

0 likes

Published By

Ruchika Rai

ruchikarai

Comments

Appreciate the author by telling what you feel about the post 💓

Please Login or Create a free account to comment.