छठ पूजा

छठ पूजा महिमा

Originally published in hi
❤️ 0
💬 0
👁 392
Ruchika Rai
Ruchika Rai 12 Oct, 2021 | 1 min read

छठ पूजा के बड़ी महातम हमनी ईहा होला,

श्रद्धा अउरी भक्ति भाव से सबही पूजा करेला,

बड़कन छोटकन सब हिल मिल के संगे

छठी मइया पूजन के तैयारी करें सगरो टोला।


ई त्योहार में जाति पाँति के भेदभाव कवनो नइखे,

कोहरा लेके दियरी ढकनी घरे घरे आवे,

धोबी हजमा संग सब मिलजुल के

एक ही घाट छठी मइया अउर सूरज देव के गोहरावे।


मेहरारू लोगिन के बड़ा महातम इहे पूजा में होला,

व्रती के सेवा करके गोर छू के आशीर्वाद लेवे ला।

उनकर काढल अग्रासन बेटा भतार खावेले,

व्रती लोगिन के पुण्य प्रताप के मन ही मन गोहरावेले।


परदेश से कमा के साल भर पर सब गाँवे आवे,

छठी तीरे के दुभिया साफ करें सोहता रंगवावे।

चंदा लगा के रास्ता में कंकड़ सब बिना ला,

वोही रहिया से व्रती सभन छठे घाटे जावे।


धन्य महातम ई पूजा के सुख -संपति सब आवे,

उगला सूरजदेव के जग पूजे, डूबल के पूजवावे।

कोशी भरे खुशी मिले तो परसादी बँटवावे,

छठी मइया के सामने सबके सुख खातिर हम गोहरावे।

0 likes

Support Ruchika Rai

Please login to support the author.

Published By

Ruchika Rai

ruchikarai

Comments

Appreciate the author by telling what you feel about the post 💓

Please Login or Create a free account to comment.