हम हई भोजपुरी ग्राम के वासी,
भोजपुरी हमार बोली,
भोजपुरी हमारा पहनावा
भोजपुरी रहन सहन बा
भोजपुरी हमार शान।
पहिने मेहरी लुगा झूला
ओढ़े सीधी पल्ला
अँचरा ढापी छुपल रहेला
मंद मंद मुस्कान।
हम हई भोजपुरिया माटी के वासी
हमरा बा एकर अभिमान।
पहिने बाबा अउर चाचा
धोती कुर्ता बड़ी शान
कांधा पर अंगोछी धइले
चले ले सीना तान
हम हई धनखड़ माटी के वासी
भोजपुरिया हमरा जान।
लइका लोगिन पहिनले
बुशर्ट अउर जामा
अपना के सब हीरो समझले
जब पहिने पजामा।
हम हई दियरा के निवासी
भोजपुरी हमरी पहचान।
बिटिया लोगिन पहिनले फ्रॉक
लागेली राजकुमारी।
बड़ होके पहिन लेहली
चूड़ीदार पजामा अउरी कुर्ती
ओकरा ऊपर ओढ़नी पहिन के
बने ली सुन्दर सुकुमारी।
हम हई भोजपुरिया निवासी
हमरा भेष भूषा से हमके चिन्ही
इहे बा शौक और अरमान।
Comments
Appreciate the author by telling what you feel about the post 💓
No comments yet.
Be the first to express what you feel 🥰.
Please Login or Create a free account to comment.